देश दुनिया के खबर 20 अगस्त का दिने

देश

  • सोनिया गाँधी के अध्यक्षता वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सदस्या अरुणा राय कहली कि सरकारी लोकपाल बिल खराब बा आ ओहमें सुधार के गुंजाइश बा.
  • मशहूर समाजशास्त्री आंद्रे बेते के कहना बा कि देश में गैरबरोबरी के सम्पूर्णता में देखला के जरूरत बा. एह खातिर जाति, जमीन, जोर, आ मौका से उपजल गैर बरोबरीओ पर धेयान देबे के पड़ी.
  • पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में शनिचर का दिने एगो बस के पलटके नाला में गिरला से ओह पर के छह गो सवारियन के मौत हो गइल आ 18 जने घवाहिल हो गइले.
  • अभिनेता से नेता बनल चिरंजीवी के प्रजा राज्यम पार्टी कांग्रेस में मिला लिहल गइल. एह मौका पर राहुल गाँधी मौजूद रहले.
  • महाराष्ट्र के गढ़चिरोली जिला में शनिचर के नक्सलियन का साथ मुठभेड़ में तीन गो सुरक्षाकर्मी शहीद हो गइले. तीन गो नक्सलिअनो के मार गिरावल गइल.
  • गोवा के बंदरगाह शहर वास्को से गुजरे वाली नाफ्था पाइपलाइन में आग लगला से शनिचर के आठ लोग झँउस गइले.
  • लोकपाल आंदोलन : अन्ना हजारे मांग पर अड़ले, सरकार नरम भइल.
  • अन्ना हजारे का समर्थन में शनिचरो का दिने देशभर में प्रदर्शन.
  • सोनिया गांधी के नेतृत्व वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सदस्य अरुणा रॉय अन्ना हजारे के आंदोलन पर निशाना साधत कहली कि केहू के लोकतांत्रिक संस्थानन के अपहरण के अनुमति ना मिले के चाहीं.
  • उत्तरी कश्मीर के बांदीपोरा जिले में नियंत्रण रेखा का लगे सेना के जवान आतंकवादियन के घुसपैठ के एगो बड़हन कोशिश नाकाम कर दिहले. एह मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के 12 गो आतंकवादी मार दिहल गइले आ एगो सेना अधिकारी शहीद हो गइले.
  • लोकपाल विधेयक पर राष्ट्रीय सहमति बनावे के प्रधानमंत्री के अपील के भाजपा ‘खोखला’ बतवले बिया. कहले बिया कि अन्ना हजारे के आंदोलन सरकार खातिर ‘एगो अविश्वास प्रस्ताव’ जइसन बा.
  • नौसेना प्रमुख एडमिरल निर्मल वर्मा कहले कि मालवाहक जहाज एम.टी. पवित के मुम्बई समुद्र तट पर बहकर आ जाये के घटना एगो चूक रहे आ आगा से अइसन चूक ना होखे दिहल जाई.
  • कंकाल मामिला में गिरफ्तार पश्चिम बंगाल के पूर्व मंत्री आ मार्क्‍सवादी विधायक सुशांत घोष के अदालत 10 दिन के न्यायिक हिरासत में भेज दिहलसि.
  • येदियुरप्पा के खिलाफ भ्रष्टाचार के आरोपन के जांच करइहन लोकायुक्त.
  • मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (सीपीएम) पोलित ब्यूरो के सदस्य एम. के. पंधे के 86 बरीस का उमिर में दिल का दौरा से शुक के अधरतिया में मौत हो गइल.
  • स्वदेशी तकनीक से विकसित आईएनएस सतपुड़ा युद्धपोत नौसेना में शामिल भइल.
  • लोकपाल पर चर्चा खातिर सरकार तैयार : कहले प्रधानमंत्री.
  • लोकपाल विधेयक संसदीय समिति जनता से जवन राय मँगले बिया ओकरा के अरविंद केजरीवाल समय के बरबादी आ मुख्य मुद्दे से ध्यान भटकावे के चाल बातवले.
  • समाजशास्त्री आंद्रे बेते के कहना बा कि अन्ना हजारे के आंदोलन एक तरह के सामाजिक अशांति हवे जे पहिलही से कमजोर अउर अस्थिर राष्ट्र के अउरी अस्थिर कर रहल बा.
  • निजी सदस्य के पेश विधेयक कवनो खास मतलब ना राखे : केजरीवाल.
  • जन लोकपाल विधेयक पारित होखे ले लड़ाई जारी रही : अन्ना.
  • ईद से पहिले राजनैतिक कैदियन के रिहा करे सरकार : गिलानी.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश न्यायमूर्ति सौमित्र सेन के कहना बा कि संसद के उच्च सदन में उनुकर सुनवाई गलत तरीका से भइल. अगर लोकोसभा में उनुका खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव पारित हो जात बा त ऊ एकरा के सर्वोच्च न्यायालय में चुनौती दीहें.

दुनिया

  • भारत आ बांग्लादेश ने शनिचर का दिने 4,156 किलोमीटर लमहर अपना अंतर्राष्ट्रीय सीमा के अंतिम रूप दे दिहले आ नक्शन पर दस्तखत होखला का साथे दसियो साल से चलत सीमा विवाद खतम हो गइल.
  • पाकिस्तान के बंदरगाह शहर कराची में शनिचर के भड़कल ताजा हिंसा में छह गो पुलिसकर्मियन समेत कम से कम 11 लोग मारल गइले. पिछला चार दिन से जारी एह हिंसा में मरे वालन के संख्या 77 हो गइल बा.
  • ओमान में 21 गो भारतीय समेत एगो मालवाहक जहाज अगवा.

व्यापार व्यवसाय

  • सोना के दाम प्रति दस ग्राम 28,100 रुपिया पर चहुँप गइल बा जवना से खरीददारन के उत्साह टूटे लागल बा.
  • तमिलनाडू में टोल टैक्स कम करे के मांग लेके ट्रक मालिकन के अनिश्चितकालीन हड़ताल शनिचरो का दिने जारी रहल.
  • देश के विदेशी पूंजी भंडार 12 अगस्त के बीतल हफ्ता में 62.1 करोड़ डॉलर घट गइल.

मनोरंजन

  • लोक गायक छैला बिहारी पर पर पटना के पत्रकार नगर में रहे वाली एगो लड़िकी अपना किडनैपिंग के आरोप लगवलसि.
  • थाइलैंड में हर साल नाहियो त एक सौ से बेसी भारतीय फिलिमन के शूटिंग करावल जाले.

खेल

  • ओवल टेस्ट : भारत की खराब शुरुआत, महज 13 रन पर दू गो विकेट गिरल.
  • ओवल टेस्ट : इंग्लैंड 591 रन पर आपन पहिला पारी घोषित कर दिहलसि.
  • आस्ट्रेलिया प्रेमदासा स्टेडियम में शनिचर दिनबे खेलल चउथका एकदिना मैच में श्रीलंका के पांच विकेट से हरा के पांच मैच के श्रृंखला में 3-1 के अजेय बढ़त हासिल कर लिहलसि.
  • पाक क्रिकेट टीम के कोच वकार इस्तीफा दे दिहले. जिम्बाब्वे दौरा उनुकर आखिरी दौरा होई.
  • भारत के पहिलका एफ-1 रेस के टिकटन के बिक्री शुरू भइल.
  • सिनसिनाटी ओपन : पेस-भूपति सेमीफाइनल में चहुँपले, बोपन्ना कुरैशी हार गइले.
  • पंजाब में सतम्बर में होखे वाला 4 देश के हॉकी टूर्नामेंट अब मार्च में होई.

0 Comments