देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर)
देश

  • लोकसभा में कुछ संशोधन का साथे लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक आजु ध्वनिमत से पारित हो गइल. मतदान से पहिले सपा, बसपा आ वामदल वहिष्कार कर के सरकार के काम आसान कर दिहलें. दिन भर चलल गरमागरम बहस में भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज विधेयक के बखिया उधेड़ दिहली. बाद में जबाब देबे उतरल कपिल सिब्बल गलथेथरई बेसी कइलन तर्क के जबाब तर्क से कम दिहलन. बाकिर अपना बहुमत का सहारे आखिरकार सरकार विधेयक के पारित करा लेबे में सफल रहल. एकरा बाद विधेयक राज्यसभा में पेश होई जहाँ सरकार के बहुमत नइखे. ओहिजा से पास भइला का बाद विधेयक राष्ट्रपति का लगे जाई आ उनुका दस्तखत का बाद कानून बन जाई.
  • ओने बरियार लोकपाल के माँग करत अन्ना हजारे अपना खराब तबियत का बावजूद मुंबई में तीन दिन के अनशन शुरू कर दिहलें. मैदान में अन्ना समर्थकन के संख्या अनुमान से कम रहल. दिल्ली के रामलीला मैदान में त जनता के मौजूदगी अउरी कम रहुवे. अन्ना के खराब तबियत का चलते श्री श्री रविशंकर उनुका से आपन अनशन तूड़ देबे के निहोरा कइलन बाकिर अन्ना अपना अनशन का जिद्द पर अडिग बाड़े. अन्ना सोनिया गाँधी से पूछले बाड़े कि ऊ बतावसु कि सरकार के लोकपाल कवना तरह से बरियार मानल जा सकेला.
  • संसद में लोकपाल विधेयक पर बहस का दौरान भाजपा के शिकायत एह पर बेसी रहुवे कि संविधान में कवनो प्रावधान ना रहला का बावजूद सरकार धर्म का आधार पर आरक्षण देके एगो नया तरह के शुरूआत करत बिया. ओने उत्तर प्रदेश में भाजपा के कमान सम्हरले उमाभारती के कहना बा कि मायावती आ मुलायम पिछड़ा वर्ग के हितैषी नइखन एहीसे ई लोग पिछड़ा वर्ग का कोटा में भइल कटौती के समर्थन करत बा.
  • मध्य प्रदेश में साल तेरह में होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी आपन कदमताल शुरू कर दिहले बिया आ पार्टी मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के कार्यकाल के योजना का बारे में जनता ले जानकारी चहुँपावे के अभियान चलाई आ केंद्र सरकार के ‘पक्षपातपूर्ण नीतियन’ के ब्योरो दी.
  • गीता पर प्रतिबंध खातिर रूस के एगो अदालतर में चलत मुकदमा में भारत के कुछ कानूनवेत्ता मोर्चा सम्हार लिहले बाड़े.
  • जन गण मन .. के आजु 100 साल पूरा हो गइल.
  • घाम निकलला का बावजूद उत्तर भारत में शीतलहर अबहियो जारी बा.
  • आंध्र प्रदेश आ तमिलनाडु के समुद्री किनार पर शनिचर ले बँड़ेरा वाला तूफान के अनेसा बनल बा आ एकर चतावनी जारी कर दिहल गइल बा.
  • राष्ट्रीय जनता दल अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव मंगल का दिने लोकसभा में लोकपाल विधेयक पर बहस का दौरान कहले कि लोकपाल खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह सबले बढ़िया उम्मीदवार साबित होखीहें.
  • विश्व हिंदू परिषद (विहिप), बजरंग दल, सनातन धर्म प्रतिनिधि सभा आ दिल्ली संत महामण्डल मंगल का दिने धर्म आधारित आरक्षण आ रूस में भगवद् गीता पर प्रतिबंध लगावे का कोशिशन का विरोध में जंतर-मंतर पर प्रदर्शन कइलन.
  • अकाली दल अपना उम्मीदवारन के दुसरकी सूची जारी कर दिहलसि.
  • प्रवासी भारतीयन के सावधि जमा पर एसबीआई आ पीएनबी अब बेसी सूद दीहें.
  • अनशन करे जात अन्ना हजारे के मुंबई में करिया झंडा देखावल गइल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में चीन के मौजूदगी बढ़ला पर सेना के चिंता बढ़ल जात बा.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री अब कहत बाड़े कि सेना आ आईएसआई के प्रमुखन के हटावल ना जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश में नागरिक उड्डयन के सौ साल पूरा होखला का मौका पर भारतीय रिजर्व बैंक जल्दिये पांच रुपिया मूल्य के विशेष सिक्का जारी करी.
  • अनिल अम्बानी के रिलायंस समूह के कम्पनियन के शेयर में मंगल का दिने करीब पाँच फीसदी के इजाफा दर्ज भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन के कहना बा कि ऊ अपना के अतना योग्य ना मानसु कि देश के हर मसला पर आपन राय देत रहसु.
  • संजय दत्त बिग-बॉस का चलते अपना छुट्टियन में कटौती कर दिहलें. अब ऊ न्यूयार्क ना जा के बाली द्वीप पर जइहें.

खेल के खबर

  • साधारण शुल्क पर राजधानी दिल्ली में भारतीय खेल प्राधिकरण के स्टेडियमन के अब नाममात्र का शुल्क पर सरकारी विद्यालयन, महाविद्यालयन, विश्वविद्यालयन, राज्यसंघन, खेल संघन, पंजीकृत संस्थानन आ क्लबन खातिर दिहल जाये के एलान भइल बा.
  • मौजूदा चैम्पियन मैनचेस्टर युनाइटेड सोमार का दिने खेलल इंग्लिश प्रीमियर लीग मुकाबले में विगान एथलेटिक पर 5-0 के भारी अंतर से जीत हासिल कइलसि जबकि तालिका में माथ पर चलत मैनचेस्टर सिटी आ चेल्सी के ड्रॉ से संतोष करे के पड़ल.
  • सिडनी सिक्सर्स टीम मंगल का दिने बिग बैश ट्वेंटी-20 लीग मुकाबले में मेलबर्न स्टार्स टीम को दू रन से हरा दिहलसि.
  • बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी) के प्रमुख मुस्तफा कमाल के कहना बा कि अम्पायरिंग के दौरान गलत फैसला के शिकार सबले बेसी कमजोर टीम होली सँ.
  • विश्व महिला शतरंज में भारतीय टीम के हरा के चैंम्पियन बन गइल चीन.
  • वीरेन्द्र सहवाग के टेस्ट क्रिकेट में 8 हजार रन मंगल का दिने पूरा हो गइल आ ऊ अब देश के पाँचवा आ दुनिया के 23वां बल्लेबाज बन गइले.

0 Comments