निरहुआ के बड़हन धमाका

Nirahua-tvshow
भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ बड़हन धमाका करत बाड़न मनोरंजक चैनल ‘बिग मैजिक’ प.

सुपरस्टार निरहुआ बिग मैजिक पर एगो रियलिटी शो ‘हिन्दुस्तान के बिग स्टार’ ले के आइल बाड़ें. निरहुआ एह शो के एंकरिंग करत बाड़न. एह शो के जरिए हिन्दुस्तान के कोना-कोना, गाँव-गाँव के हुनरबाजन के आपन हुनर देखावे के मौका मिली.

एह शो का निर्माता भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा हउवें. शो के जज के कमान स्टार अभिनेत्री स्मृति सिन्हा आ चरित्र अभिनेता सुरेन्द्र पाल सम्हरले बाड़ें. 15 मार्च से बिग मैजिक पर हर शनिचर-अतवार के साँझ 8 00 बजे से एह शो के देखावल जात बा. निरहुआ कहत बाड़ें कि आपन हुनर देखावे के सबले बड़हन मंच बने जात बा ‘हिन्दुस्तान के बिग स्टार’


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..