निरहुआ : जेकरा के हर निर्माता अपना फिल्म में राखल चाहे

भोजसिनेमा के किंग जुबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के सिक्का आजुकाल्हु पूरा शबाब पर बा, फिल्म में निरहुआ मतलब बाक्स आफिस पर सफलता. दर्शकन के चहेता निरहुआ,सगरी निर्माता के चाहत बन गइल बाड़न. जेही फिल्म बनावल चाहत बा उहे चाहत बा कि ओकरा फिल्म के नायक निरहुआ रहस.
Nirahua
अगर रउरा निरहुआ के फिल्मन पर नजर दउड़ाईं त देखब कि एक बेर जे निरहुआ का साथे फिल्म बनावल ऊ बेर बेर निरहुआ के दोहरावत रहल अपना फिल्मन में. अब चाहे ऊ हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से फेम के आलोक कुमार होखस भा लागल रह ए राजाजी के रामाकान्त प्रसाद. साउथ के निर्माता बी ओबुल सुब्बारेड्डी होखस भा मशहूर निर्माता अभय सिन्हा. आलोक कुमार निरहुआ के लेके फेर निरहुआ चलल ससुरालहो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में बनवलन आ दुनु ब्लाकबस्टर रहल. अबही आलोक कुमार निरहुआ का साथ गंगा जमुना सरस्वती बना रहल बाड़न. रामाकान्त प्रसाद पहिला फिल्म का बाद फेर निरहुआ का साथही फिल्म बनवलन चाहे ऊ साल २००९ के दिवाना होखे भा २०१० के दाग. आगहू ऊ निरहुआ का साथे फिल्म बनावे के बात करेलें. अभय सिन्हा निरहुआ का साथ पहिलका फिल्म बनवला का बाद हम बाहुबली, परिवारआज के करण अर्जुन बनवलें आ अबही उनकर रणभूमि फ्लोर पर बा. मूवी मुगल का नाम से मशहूर साउथ के डी रामानायडू निरहुआ का साथ शिवा बनवलें आ अब टाइगर बनावत बाड़न.

आजु हर निर्माता निरहुआ के पसन्द कर रहल बा त ओकरा पीछे निरहुआ के संपुर्ण व्यक्तित्व आ काम के प्रति उनकर समर्पण बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments