निर्देशक रविकांत के दावा कि ‘बिगुल’ जइसन फिलिम आजु ले नइखे बनल
-

दावा से कहल जा सकेला कि रियल रंगबाज हैदर काजमी के फिल्म ‘बिगुल’ के बारे में निर्देशक रविकांत के एह दावा में बहुते दम बा कि ‘बिगुल’ जइसन फिलिम आजु ले नइखे बनल. एह फिलिम के एगि झलक लउकल त लाग गइल कि वाकई ‘बिगुल’ मौजूदा भोजपुरी फिलिमन पर बीस पड़े वाला बा. आ अगर रउरा सोचीलें कि भोजपुरी फिलिम विश्वस्तर के ना बने त तनी इंतजार कर लीं हैदर काजमी, अक्षरा सिंह आ जितेंद्र यादव के मुख्य भूमिका वाली फिल्म ‘बिगुल’ आपके धारणा बदल दी.

नमन फिल्म्स के ‘बिगुल’ अबहीं एडिटिंग के दौर से गुजरत बिया. एकर निर्देशक रविकांत के त इहाँ ले दावा बा कि उनुका फिलिम में दुनिया के कवनो भाषा के कवनो फिलिम के एकहू फ्रेम के नकल ना मिल पाई. एह फिल्म के कहानी आ पटकथा खुद निर्देशक रविकांत के लिखल बा आ संवाद मनोज पांडे संगे मिल के रविकांत के. गीत रविकांत आ एस. कुमार के लिखल हवे, जबकि संगीत हवे नजाकत सुजाद के, फोटोग्राफी रूपांग आचार्य के, प्रोडक्शन डिजायन संजय यादव के, एडीटर हवें गोपाल राधानी, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक आ मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव.

फिल्म में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, जितेन्द्र यादव के अलावा श्रेया शर्मा, मनीष खन्ना, संजय कुलकर्णी, कृष्णा गोपाल, सुप्रिया गोपाल अउर संगीता रमन के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts