निसार खान भोजपुरी फिल्मों में

हिन्दी सिनेमा मे त खान के खान बा बाकिर अब भोजपुरिओ सिनेमा में खान नाम वाला एगो अभिनेता के इंट्री भइल बा. ई हउवें महुआ टीवी के डांस रियलिटी शो ‘नाच नचईया धुम मचईया’ में अनारा गुप्ता के जोड़ीदार रहल विजेता लखनऊ के निसार खान. निसार अब फिलिमों में अपना डांस के जलवा पसरीहें.

आयुष्मान मेडिएन्ट प्रा॰ लि॰ के बैनर तले बनल प्रसिद्ध निर्माता दिलीप जयसवाल के पेशकश ‘‘सौगंध गंगा मैया के’’ से निसार खान बड़का परदा पर इंट्री मारत बाड़ें. अमिताभ चन्द्रा के बनावल आ भोजपुरी के सुपरहिट निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के निर्देशित एह फिल्म में निसार खान डांसिंग क्वीन सीमा सिंह संगे आईटम साँग में नजर अइहें. एह गाना के कोरियोग्राफी कानू मुखर्जी कइले बाड़न. निसार अपना एह फिल्मी इंट्री से बहुते उछाह में बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..