नीमन आदमी बन गइलें बिपिन सिंह

BipinSinghखलनायक बिपिन सिंह अकसरहाँ कुछ ना कुछ नया करत रहलें. एही चलते फिलिम “प्रतिघात” में बिपिन सिंह खलनायकी ना कर के एगो नीमन आदमी के किरदार कइलें बाड़ें. दर्शको उनुका के अइसने पाजीटिव किरदार में देखलो चाहत रहलें. अब ई भूमिका कर के बिपिन सिंह बहुते खुश बाड़ें. एहमें उनुका के एगो सच्चा आ इमानदार पुलिस इंसपेक्टर का रुप में देखीहें दर्शक. अक्षरा सिंह एहमें एगो खास भूमिका में बाड़ी.

ई नारी प्रधान फिलिम अनुभव मोशन पिक्चर के बैनर तले बनल बा आ निर्देशक बाड़ें आनंद डी गहतराज. फिलिम के कहानी लिखले बाड़न मनोज पाण्डेय.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *