बनारस हिन्दु विश्विद्यालय का छात्रसंघ के संबोधित करे चहुँपल राहुल गाँधी कहले कि आजु जीवन के हर क्षेत्र में पैरवी आ पहुँच के बोलबाला बा आ बिना गॉडफादर के केहू कुछ नइखे कर सकत. एकरे के कहल जाला, चलनी दूसे सूप के जवना में बहत्तर छेद ! कहलन कि हमनी के अइसन व्यवस्था बदले के पड़ी. चलते चलत इहो बता देतन कि कांगेस में अब परिवारवाद ना चलावल जाई त निमन रहीत. राहुल गाँधी के आगमन के विरोध करे वाला छात्रन के पुलिस के लाठी आ गिरफ्तारी झेले के पड़ल. मीडिया के भीतर ना घुसे दिहल गइल. हद त इहाँ तक रहे कि उनका सभा में चुनिन्दे छात्रन के प्रवेश मिलल. नाराज छात्र स्वागत द्वार वगैड़ह उखाड़ फेंकले. बतावल जरुरी बा कि बीएचयू केन्द्रीय विश्वविद्यालय ह आ राहुल के ओही चलते बुलावा मिलल रहे. चाटुकारन के काम चले के चाहीं कैंपस में बवाल होखो त होखो. बाद में एकर खामियाजा भुगते के पड़ल कांग्रेस सेवा दल के जिला अध्यक्ष मनोज कुमार द्विवेदी के, जिनका के विरोधी गुट के छात्र महिला कालेज का लगे पिटाई कर दिहलें.
0 Comments