पवन सिंह के मजार-ए-मोहब्बत के धूम धाम से मुहूर्त भइल

mazar-e-mohabbatवासुदेव इंटरटेंमेंट आ कलावती इंटरटेंमेंट के बैनर तले बने जात सुपर स्टार गायक/नायक पवन सिंह के फिलिम “मजार-ए-मोहब्बत” के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के चार बंगला, म्हाडा के रूद्राक्ष हॉल में भोजपुरी महानायक कुणाल सिंह के हाथे नारियल तूड़वा के बहुते धूम धाम से मुहुर्त कइल गइल.

एह मौका पर कुणाल सिंह, संजय पंजियार, संतोष, अवधेश मिश्रा, मोनिका बत्रा, बिपिन सिंह, बबलू सिंह, जय तिलक, कन्हैया, किरण यादव, अभिलाषा श्रीवास्तव, प्रिया शर्मा, डी.के. सावंत कुमार सिंह, वकील प्रसाद, गोपाल राय, संजय भूषण पटियाला, मंटू लाल, अलीसा खान, पुष्पा वर्मा, रोजा उस्मानी आ किरन तान्या समेत इंडस्ट्री के खासमखास लोग मौजूद रहल.

निर्देशक मिथिलेश अविनाश बतवलन कि एगो पवित्र मोहब्बत के कहानी ह “मजार-ए-मोहब्बत” एकर शूटिंग 25 अप्रैल 2013 से बिहार के अलग अलग लोकेशन पर कइल जाई. फिलिम में कुल 9 गो गाना रही. मिथिलेश अविनाश के निर्देशन में अबले चार गो फिलिम, अईसन प्यार कहां, तोहार अंखिया दीवाना बना देहले बा, दीया और तूफान, आ जब केहू दिल में समा जाला, रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ. आ रानी चटर्जी अभिनीत ‘मेहरारू चांही मिल्की व्हाईट’ अउर “दिल हो गईल कुर्बान” मार्च 2013 में प्रदर्शित कइल जाई.

“मजार-ए-मोहब्बत” के निर्माता संजय कुमार, लेखक धनंजय चौबे, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, पटकथा अउर संवाद धनंजय चौबे, गीत जाहिद अख्तर, जावेद अख्तर, संगीत मधुकर आनंद, छायांकन डी. के. शर्मा, नृत्य संतोष सर्वदर्शी, फाईट हीरा यादव के बा. मुख्य कलाकार बाड़ें पवन सिंह, अमित उपाध्याय, कुणाल सिंह, गजेन्द्र चौहान, गुड्डू गौरव, छोटू भारती, बैजू पासवान, मोती चंद पाण्डेय, राजकुमार शाही आ गोपाल राय.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

  1. DEEPAK KUMAR

    bhaiya koi bhi mera jawab mujhe mail par kijiyega …main kahana chahta ki pawan singh ke gaana bhala ke nokh par kis movie ka please bataiye ye gana super hit hoga ……thank you