‘पागल प्रेमी’ से एगो अउरी गवईया अभिनेता बने आइल

अजित आनन्द कवनो परिचय के मोहताज नइखन. महुआ टीवी के ‘बिहाने-बिहाने’ से रातों-रात चर्चित हो गइल अजित आनंद भउजाइयन के देवर बन के अउरी लोकप्रिय हो गइलन. गायकी से शुरूआत करत अजित आनन्द टीवी एंकर बनलन आ फेर फिलिमी दुनिया में अभिनेता बन के आ गइलन. अजित अब अनेके फिलिम में आपन अभिनय के जलवा बिखेरत बाड़े.

बिहार के छपरा से आइल अजित आनन्द के पहिला फिलिम ’पागल प्रेमी’ एही हफ्ता रिलीज होखे वाली बा. एहमें कुल आठ गो गाना बा. निर्माता नवीन कुमार सिंह, लेखक निर्देशक अजय कुमार, गीत राजेश मिश्रा, फणीन्द्र राव, कृष्णा बेदर्दी, संगीत राजेश गुप्ता, छायांकन तांबन के, नृत्य एंथोनी, फाइट दिलीप यादव आ नजीर शेख.

अजीत आनंद का साथे एह फिलिम में विनय आनंद, संगीता तिवारी, श्रीकंकाणी, अनुप अरोड़ा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, परितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह, पुष्पांजली, बाल गोविंद आ संजय पाण्डेय बाड़े.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..