पारिवारिक फिल्म हवे ‘मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट’

मनोहर एस. झा प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म ‘मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट’ पूरा तरह से पारिवारिक कॉमेडी हवे आ फिल्म से दर्शकन के अइसन संदेश मिली जवना से ऊ लोग अपना जीवन में बदलाव ले आई. एह फिल्म में रानी चटर्जी आ प्रियेश सिन्हा के जोड़ी पहिला बेर परदा पर लउकी. कहानी का बारे में बतावल जात बा कि अपना बाप महतारी के इकलौता बेटअ मोहन अपना चचो के लाड़ला हवे. सभे ओकरा बिआह खातिर उत्सुक बावे. मोनू के महतारी चांद जइसन बहू खोजत बाड़ी आ मोहन के बस एके गो ख्वाहिश बा कि ओकर मेहरारू चांदो से सुन्दर आ बिल्कुल दूध का तरह गोर होखे. मोहन के दिन मस्ती से कटत बा बाकिर गाँव में मोहन के सगरी परिजन लड़िकी खोजत खोजत थाक जात बाड़े बाकिर मिल्की व्हाइट लड़िकी नइखे भेंटात. एह बीच मोहन के मामा मोहन के शहर ले जाके कॉलेज में दाखिल करा देत बाड़े. ओही कॉलेज में मोहन के माहिनी मिलत बाड़ी जे बिल्कुल मोहन के ख्वाब के रानी जस बाड़ी. मोहन अपना मोहिनी के मोहे में लाग जात बा आ गँवे गँवे मोहिनीओ के मोहन से लगाव हो जात बा. ई देख कॉलेज के छात्र विक्की दुनु का बीच आग लगा देत बा. मोहिनी के दिल टूट जा ता. आगे का होखत बा से देखे खातिर त फिलिम देखे के पड़ी. तब ले इंतजार कर लीं. फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

निर्माता मनोहर एस. झा, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीत विनय बिहारी, संगीत राजेश गुप्ता, नूतन पंकज, लेखक अनिल सिन्हा, छायांकन नंदू चौधरी, नृत्य प्रवीण बरिया अउर रितु राज, मारधाड़ मंगल फौजी के बा.

मुख्य कलाकार प्रियेश सिन्हा, रानी चटर्जी, गजेन्द्र चौहान, धीरज पंडित, विष्णुशंकर बेलु, मेहनाज, निलिमा सिंह, दीपक सिंन्हा, समीर शेख, सुशील सिंह, अउर शमी हउवे. आईटम सांग सीमा सिंह आ पूर्णिला राय चौधरी पर फिल्मावल गइल बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *