पूरा देश तबिलागी जमात में शामिल लोग के खोजे में लागल

देश में लॉकडाउन के मकसद खतम करत दिल्ली के एगो मरकज में दुनिया भर से मुसलमानन के बिटोरल गइल आ ओहमें से कई एक जने कोरोना बीमारी से ग्रसित रहलें. ई लोग एह जमात में जुटल लोग के इस्लाम के शिक्षा दिहला का साथही कोरोना वायरस के पसारे में जरिया बन गइलें. अब ओह जमात में जुटल लोग पूरा देश में पसर गइल बा आ जगहे जगह कोरोना पसारे में लाग गइल बाड़ें.

एने कुछ दिन से कोरोना के पसार में कमी देखे के मिलत रहुवे बाकिर ओकरा में अब जबरदस्त उछाल देखे के मिलल बा. एह मरकज में शामिल लोग में तीन सौ से अधिका लोग के अकेले दिल्ली में भरती करावल गइल बा. करीब दू दरजन तबिलागी कोरोना से ग्रसित मिलल बाड़ें. एह मरकज में जुटल लोग के मरे के सिलसिला देश के कई राज्यन में शुरु हो गइल बा. इहाँ ले कि अण्डमान निकोबारो में करीब एक दर्जन लोग एह मरकज से कोरोना के वायरस ले के लवटल बाड़ें आ अब पूरा द्वीप खतरा में आ गइल बा.

जाने जोग बा कि एने कई दिन से देश के अलग अलग जगहा से मस्जिदन से विदेशी मुसलमानन के निकालल गइल बा आ अब पूरा देश में मस्जिद सन्देह का दायरा में आ गइल बाड़ें. आ चारो तरफ एह तबिलागी जमात में शामिल हो के लवटल लोग के तलाश कइल जा रहल बा. दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका के पुलिस घेराबन्दी क दिहल गइल बा जेहसे कि लोग एहिजा से आ जा ना सके.

साँप निकल गइला का बाद दिल्ली सरकार एह मामिला के लीपापोती में लाग गइल बिया. सरकार के कहना बा कि ओकरा के बतावले ना गइल कि अतना लोग एक जगहा जुटे वाला बा. जबकि मरकज में जमात जुटावे नालन के कहना बा कि अधिकारियन के जानकारी दे दिहल गइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।