पॉकेटमार बनली पाखी हेगड़े
-

सिनेमा भोजपुरी के नंबर 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े हरीश गुप्ता के फिलिम “भईया हमार दयावान’’ में पॉकेटमार बनल बाड़ी. फिल्म में लड़िका के भेस धइले पाखी आपन रोजी रोटी चलावे खातिर पाकिटमारी करत बाड़ि. एकदिन एह पाकिटमार पाखी के भेंट एगो चोर मनोज तिवारी से हो जात बा आ फेर दुनु के दोस्ती हो जात बा. बाद में ई दोस्ती प्यार में बदल जात बा.

एह फिल्म में पाखी हेगडे पहिला बेर मनोज तिवारी के नायिका बनल बाड़ी. आ सबले बढ़ि के पाखी के टॉम बॉय लुक सभतर चरचा के विषय बन गइल बा. एह फिल्म के निर्देशक हउवें असलम शेख.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts