प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह केन्द्रीय मंत्रीमंडल से इस्तीफा दिहलें

मंगल का दिने केन्द्रीय मंत्री प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह इस्तीफा दे दिहलें आ दुनु जने के इस्तीफा सकार लिहल गइल. वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के संप्रग राष्ट्रपति के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि वीरभद्र सिंह पर शिमला के एगो अदालत में भठियरपन के आरोप तय हो गइल बा. वीरभद्र सिंह के इस्तीफा का बाद टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल सोनिया गाँधी आ मनमोहन सिंह के चुनौती दिहलन कि ऊ लोग कइसे कहले रहुवे के टीम अन्ना के आरोप निराधार बा, कहलन कि पंद्रहो मंत्रियन का खिलाफ ओहलोग के आरोप अदालत के फैसला आ सीएजी रपट के आधार पर बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..