फीस से अधिका लिहला का खिलाफ छपरा में आगजनी आ सड़क जाम

छपरा जगदम कालेज में स्नातक में दाखिला खातिर फीस से अधिका रुपिया लिहला का खिलाफ विद्यार्थी बियफे का दिन में नगरपालिका चौक पर टायर वगैरह जरा के सड़क जाम कर दिहलन. लड़िकन के शिकायत रहे कि स्नातक में दाखिला में छह सौ से सात सौ रुपिया ले नाजायज वसूलत जात बा जवन तय फीस से अधिका बा आ एह वसूली के कवनो रसीदो नइखे दिहल जात. कुछ देर हंगामा रहला का बाद पुलिस चहुँपल आ विद्यार्थियन के समुझा बुझा के जाम हटवलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..