फूड बिल पास करावे खातिर कांग्रेस मुलायम से डील कइलसि?

राजनीतिक गलियारन में चरचा तेज बा कि कांग्रेस अपना चुनावी हथियार फूड सिक्युरिटि बिल संसद में पास करावे खातिर सपा प्रमुख मुलायम सिंह से डील कर लिहले बिया. एह डील का मुताबिक सपा फूड सिक्युरिटी बिल पास कराई आ सरकार सीबीआई वाला मुकदमा हटा ली. मुलायम सिहं यादव आ उनुका परिवार पर मालूम आमदनी से अधिका के संपति राखे के मामिला सीबीआई का जाँच में बा. मुलायम सिंह यादव स्कूल में मास्टर रहलें आ साइकिल पर चलत रहलें. बाद में मुख्यमंत्री बनला का बाद उनुका आ पूरा परिवार का लगे करोड़ो के जायदाद आ आमदनी होखे लागल. भाजपा के आरोप बा कि कांग्रेस हमेशा से सीबीआई के गलत इस्तेमाल करत आइल बिया. हालांकि अबकी के डील के चरचा खुलेआम होखे लगला का बाद सीबीआई, कांग्रेस आ सपा तीनो के दिक्कत होखी एह डील के दबावे लुकावे में. सभे जानत बा कि अबहीं हाल ले मुलायम सिंह यादव फूड सिक्युरिटी बिल का खिलाफ यूपीए से समर्थन वापिस लेबे तक के धमकी दे चुकल बाड़न अब कवना आधार पर बिल के समर्थन करीहें ई देखे लायक होखी. हो सकेला कि सेकूलरिज्म के बुर्का अइसने मामिला में कामे आवत होखे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..