बघौनी के एगो लड़िका के गोली मार के हत्या

शनिचर का दिने हरि सिंह नाम के एगो बदनाम अपराधी माँझी थाना के बघौनी गाँव के मुक्तिनाथ सिंह के एकलौता बेटा अभिमन्यु के महाराजगंज थाना क्षेत्र में गोली मार के हत्या कर दिहलसि. हरि सिंह अबही हालही में जेल से सजा काट के निकलल बा. अभिमन्यु अपना ममहर में रह के पढ़ाई करत रहुवे आ महाराजगंज के कर्मदेव हाई स्कूल में आठवां क्लास के छात्र रहुवे. पुलिस हरि सिंह के पकड़े के कोशिश करत बिया बाकिर ऊ फरार हो गइल बा. हत्या के कारण अबही पता नइखे चलल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।