बच के निकल जा इस नगरी से ..

भोजपुरी मनोरंजन उद्योग अबहीं हीरो पवन सिंह के पत्नी के खुदकुशी का दुख से उबरलो ना रहुवे कि एगो अउर भोजपुरी गायक अपना संगे अपना पुरा परिवार समेत जान दे दिहलसि.

ग्लेमर के चकाचौंध में बहुते भोजपुरिया नवही आपन सब कुछ गँवा देत बाड़े. केहू के सिनेमा में हीरो हीरोइन बने के सवख बा त केहू के गवनई के. आ एकर फायदा उठावे खातिर आपन जाल बिछवले बहुते घड़ियाल एह इंडस्ट्री में मौजूद बाड़े. जेकर किस्मत ठीक रहल ऊ त आपन धन संपति गँवा के रह गइल बाकिर कुछ लोग आपन इज्जत तक गँवा देबेला आ ओहिमें से कुछ लोग आपन जान दे देबेला.

भोजपुरी के एगो अभिनेत्रीओ के मौत कुछ बरीस पहिले जान दिहला का चलते हो गइल रहुवे. कहे वाला कहेलें कि वितरक आ निर्माता का देहिक शोषण से आजिज आ के ऊ आपन जान दे दिहले रहुवे. बाकिर बहुते मामिला का तरह ओकरो मौत के खुलासा कबो ना हो सकल.

बियफे का रात सासाराम के डेहरी में लाला कालोनी में रहे वाला भोजपुरी गायक विकास राय अपना पूरा परिवार समेत जहर खा के जान दे दिहलन. बतावल जात बा कि आपन अलबम रिलीज करावे खातिर उनकर माई बाप दिनारा इलाका के पोहपी गाँव के आपन घर जमीन बेच के लगा दिहले. बाकिर सफलता हाथे ना लागल आ शायद एही चलते आइल आर्थिक मुफलिसी का चलते विकास अपना बाबूजी, माई, बहिन आ भाईयन समेत सल्फास खा के जान दे दिहलन. एगो भाई बेहोश बा ओकरा होश में अइला का बाद पूरा कहानी सामने आई बाकिर एही बहाने हम ओह लोग के चेता दिहल चाहत बानी कि भोजपुरी इंडस्ट्री के चालबाजन के झाँसा में मत आवसु. एक बेर आ गइला का बाद ई जोंक ओह लोग के पूरा खून चूस जइहें आ कहीं लायक ना रहे दीहें.

1 Comment

  1. रामरक्षा मिश्र विमल

    जल्दी से जल्दी अमीर बनेके ललक के ई परिनाम ह।भोजपुरी संगीत में अध्ययन आ रियाज के अभाव बा, लक्ष्य पइसा हो रहल बा।एकाध लो के छोड़िके लगभग सभ गायकन के ईहे स्थिति बा।जे अपना नसीब से चलि गइल ऊहो अपना के मो. रफी भा लता मंगेशकर से कम नइखे मानत। भोजपुरी संगीत का दुर्गति का मूल में ईहे तथ्य प्रधान रूप में बा।इंडस्ट्री से जुड़ल अइसना राक्षसन के चिह्नित करेके कोशिश होखेके चाहीं। भोजपुरी से जुड़ल एनजीओ सभ के एह संदर्भ में गंभीर होखेके चाहीं।
    – रामरक्षा मिश्र विमल

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।