‘बजरंग’ में सीमा सिंह के हॉट अंदाज़

निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के आवे वाली फिल्म ‘बजरंग’ क ट्रेलर एह घरी खुबे पसन्द कइल जात बा. हालही में एकर हॉट आयटम गाना के टीजर जारी भइल बा जवना में डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आपन जलवा देखवले बाड़ी.

निर्देशक नंद किशोर महतो के एह फिल्म में मुख्य जोड़ी पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के बा. संजय पांडे हमेशा का तरह खलनायक बाड़े. बाकी कलाकारन में जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकेशन पर भइल बा. निर्माता निर्देशक का मुताबिक फिल्म में एक्शन, रोमांस अउर कॉमेडी के भरपूर मसाला बा.

गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान के लिखल, संगीत ओम झा के, कहानी संतोष मिश्रा के लिखल बा. अक्षरा सिंह एह फिल्म के एगो खासियत बाड़ी. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिंहा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।