बप्पा के पंडाल में गूंजी मनोज तिवारी आ स्वरूप भालवनकर के गणेश आरती

भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार आ मशहूर गायक मनोज तिवारी “मृदुल” आ “हिचकी” फेम मराठी गायक स्वरूप भालवनकर अउर अवधूत गुप्ते के गणेश आरती अबकी का गणपति पण्डालन मे खूब सुने के मिली. ई पहिला बेर भइल जब भोजपुरी के कवनो गायक का साथे मराठी गायकन का आवाज में गणपति आरती तइयार कइल गइल.

हिन्दी, भोजपुरी, मराठी अउर संस्कृत भाषा में तइयार एह गणेश आरती के संगीत खुद स्वरूप भालवनकर दिहले आ लिखली रोशनी भालवनकर. एह गणपति आरती में भगवान गणेश के पारम्परिक गणेश आरती बा जे सुने वालन के मोह लेत बिया. मनोज तिवारी छउकत बतवले कि जब उनुका के बतावल गइल कि एहो अइसन गणेश आरती गावे के बा जवन मुम्बई समेत पूरा महाराष्ट्र के गणपति पंडालन में गूंजी त उनुका बहुते खुशी भइल. स्वरूप भालवनकर एह गणेश आरती के गणपति बप्पा के भक्तन खातिर एगो उपहार बतवलन.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments