बलिया के जिलाधिकारी सेंथिल पान्डेयन आजु फजीरे भइल एगो सड़क दुर्घटना में घवाहिल हो गइलें. बतावल जात बा कि ऊ स्कार्पियो से लखनऊ जात रहलें कि रास्ता में फैजाबाद का लगे एगो ट्रक से टक्कर हो गइल. दुर्घटना में सेंथील पाण्डेयन आ उनकर गनर घवाहिल हो गइलें. जिलाधिकारी के हाथ के हड्डी टूट गइल बा आ उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ ऊ आ गनर खतरा से बाहर बतावल जात बाड़े.
(स्रोत : अनिल अकेला)
0 Comments