‘‘बिदेसिया’’ के म्युजिक लाँच
-

महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के म्युजिक पिछला दिने पटना के होटल मौर्या में भव्य समारोह में रिलीज कइल गइल. रिलीज करे वाला रहलन भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ, पाखी हेगड़े, नवोदित अदाकारा छवि पाण्डेय, निर्माता अभय सिन्हा, निर्देशक रंजन कुमार सिंह आ महुआ के पंकज तिवारी.

भिखारी ठाकुर के अमर कृति “बिदेसिया” पर आधारित फिलिम हवे बिदेसिया जवना में मधुर गीत-संगीत सुने के मिली. संगीतकार हउवें धनंजय मिश्रा. फिल्म के कलाकारन में निरहुआ, पाखी हेगड़े, विक्रांत सिंह, विजय कुमार, माया यादव आ नवोदित अभिनेत्री छवि पाण्डे के प्रमुख भुमिका बा.

गाना गवले बाड़ि खुद छवि पाण्डे आ मोहन राठौर. बिदेसिया एगो समहर मनोरंजन करे वाली पारिवारिक फिल्म हवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts