बिल्थरा रोड विधायक गोरख पासवान घवाहिल

बलिया जिला के बिल्थरा रोड के विधायक गोरख पासवान, उनकर गनर आ दू जने अउर लखनऊ से बलिया आवत घरी बाराबंकी का लगे सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल लोग. लखनऊ से कार से बलिया खातिर चलल गोरख पासवान के गाड़ी बाराबंकी का लगे एगो मोटर साइकिल वाला के बचावे का फेर में सड़क किनारे के पोल से टकरा गइल. विधायक समेत सगरी घवाहिलन के लखनऊ में सहारा अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ सभकर हालत खतरा से बाहर बतावल जात बा.

0 Comments

Submit a Comment