- बिहार के पूर्वी चम्पारण जिला के पुरैनिया पंचायत के फरमान का चलते एगो प्रेमी जोड़ी एक दोसरा के पांच-पांच चप्पल मरले आ बाद में ओह लोग के चप्पल जूता के माला पहिरा के भर गांव घुमावल गइल.
- मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु ‘हरित बिहार अभियान रथ’ के पटना से रवाना कइले आ विधायकन आ मंत्रियन से आपन एक महीना के तनखाह एक काम खातिर देबे के अपीलो कइलन.
- बिहार के बांका जिला के कटोरिया थाना इलाका में कुछ सशस्त्र हमलावर शुक के राति एगो गांव पर धावा बोलके एक आदमी के गरदन काट दिहले आ दोसरका के हाथ.
- बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के सरैया थाना इलाका से शुक के रात एगो नक्सली स्वयंभू कमांडर राधे महतो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
- छपरा नयागाँव का लगे एगो टेम्पो आ ट्रेन का टक्कर में मरल लोग खातिर बिहार सरकार मुआविजा के एलान कइले बिया.
0 Comments