बिहार के खबर

(अतवार 25 सितम्बर)

  • सोन आ गंगा नदी में इंद्रपुरी बराज से अचके में नौ घनसेक पानी छोड़ दिहला का चलते बाढ़ के हालात बन गइल बा आ रोहतास, औरंगाबादम अरवल, भोजपुर, सारण, पटना, मुंगेर, आ भागलपुर में हालात पर निगरानी राखल जा रहल बा. एह चलते सगरी इंजीनियरन के छुट्टी रद्द कर दिहल गइल बा.
  • गोपालगंज में चंदपरना गाँव के रंजन सिंह आ प्रभावती देवी के साँप काटला का बाद दिहल जाये वाला सूई दिहला से भइल मौत के जाँच के आदेश दिहल गइल बा.
  • रोहतास जिला में टेकारी गाँव का लगे एगो बस पलट गइल जवना में चौदह गो महिला सवारियन समेत पैंतीस सवारी घवाहिल हो गइले. बस जगरन्नाथपुरी से विंध्याचल जात रहे आ ओहपर यूपी आ नेपाल के तीर्थयात्री सवार रहले.
  • पश्चिमी चंपारण के लौरिया रामनगर मेन रोड पर दू गो वाहन का टक्कर में एक आदमी के जान चल गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइले.
  • सारण जिला के नगरा पुलिस चौकी के नबीगंज गाँव में रसोई गैस के सिलिण्डर फटला से एगो औरत मर गइल आ तीन लोग घवाहिल हो गइल, जिनका के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सारण जिला के टेकनिवास गाँव का लगे छपरा सिवान मेन रोड धँस गइला से यातायात थथम घइल बा. पिछला दू दिन से होत लगातार बरखा का चलते रास्ता टूटल बा.

0 Comments