बिहार के राजधानी पटना के अगमकुआं थाना इलाका…
  • बिहार के राजधानी पटना के अगमकुआं थाना इलाका में पुलिस एगो मकान में छापा मारके करोड़ों रुपिया ले जाली नॉन जूडिशियल स्टाम्प अउर किसान विकास पत्र बरामद कइलसि.
  • लगातार होत बरखा आ नेपाल से छोड़ल पानी का चलते बिहार में बाढ़ के हालात भयावह भइल
  • गंगा, कोसी, बागमतती आ महानंदा उफनाइल. मुजफ्फरपुर के औराई, कटरा, गायघाट में बाढ़ के पानी घुसल.
  • मधेपुरा के मुरलीगंज में बलुआहा नदी के पानी से राष्ट्रीय राजमार्ग एक सौ सात पर बनल डायवर्सन बह गइल जवना का चलते पटना आ पूर्णिया से कोसी प्रमंडल के संपर्क टूटल.
  • भागलपुर के अधिकतर गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल.
  • भोजपुर के चरपोखरी में बाढ़ जइसन हालात.
  • नवगछिया के इस्माइलपुर में सगुनिया बाँध, बिहपुर में नरकटिया बाँध, आ गोसाईं गांव में जमींदारी बाँध टूटला से दर्जनो गाँव में बाढ़ के पानी घुसल.
  • नालंदा जिला में लोकाई नदियन के कहर जारी.
  • पटना उच्च न्यायालय ड़ंदिरागाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान में एम बी बी एस दाखिला पर रोक लगा दिहलसि.
  • अवैध संपति अर्जित करे वला आईएएस शिवशंकर वर्मा के संपति जब्त करे के फैसला.
  • सोमार का दिने जन्माष्टमी के छूट्टी रही सरकारी विभागन में. बैंको बन्द रहीहे सँ.
  • बिहार के हर प्रखंड में तीस बेड के अस्पताल खोलल जाई जवना खातिर हर प्रखंड में चार करोड़ छिहत्तर लाख रूपिया खर्च होखी. हर गाँव में नर्स के बहाली होई. आशा, ममता आ आंगनबाड़ी सेविका अब नर्सिंग स्कूल में प्रशिक्षण दे के नर्स बनावल जाई. हर जिला में नर्सिंग स्कूल खोले के तईयारी बा.
  • ईद के देखत सरकारी कर्मचारियन के वेतन पच्चीस अगस्त तक ले दे दिहल जाई.ईद के छूट्टी इकतीस अगस्त के रही.
  • पूर्वी चंपारण जिला के ढेकहावाला टोला में दु पक्ष के मारपीट में आधा दर्जन लोग घवाहिल भइले.
  • भोजपुर जिला के नया भोजपुर आउटपोस्ट के थानाध्यक्ष उदय बहादुर सिंह के नशा का हालत में गाड़ी चलावे का आरोप में निलम्बित कर दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।