बिहार के खबर

(सोमार 26 सितम्बर)

  • बिहार में मूसलाधार बरखा का चलते 11 लोग के मौत हो गइल बा.
  • पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते राज्य में फेरु से बाढ़ के हालात बनि गइल बा. छपरा पटना मार्ग पर कई जगहा बाढ़ के पानी बहला का चलते यातायात ठप्प हो गइल बा. कई नदियन के उफनइला का बावजूद हालांकि जल संसाधन विभाग के कहना बा कि सगरी बन्धा सुरक्षित बाड़ी सँ आ कवनो तरह के खतरा नइखे. पटना शहर के कई निचला इलाकन में बरखा के पानी घर में घुस गइल बा आ मुख्य सड़कनो पर पानी जमा हो गइल बा.
  • सिवान जिला के दुरौंधा विधानसभा सीट खातिर होखत उपचुनाव में कुल नौ उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़न. काल्हु एह परचा सभ के जाँच होखी आ उनतीस तारीख ले लोग आपन परचा वापिस ले सकेला.
  • कटिहार जिला के बलरामपुर प्रखंड के विकास पदाधिकारी रहल मंजू कुमारी साह के आजु गिरफ्तार कर लिहल गइल. मंजू पर आरोप बा कि ऊ इंदिरा आवास बाँटे में गड़बड़ी कइले रही.
  • पितरपख के काल्हु आखिरी दिन ह, आ गया के अक्षयवट वेदी पर पिंडदान आ शय्या दान का साथे पितरपख मेला खतम हो जाई.
  • सिवान जिला के आंदर थाना के गायघाट गाँव से संतोष कमकर नाम के एगो आदमी के देशी पिस्तौल का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।