बिहार के खबर
-

(अतवार, 9 अक्टूबर)

  • एगारह अक्टूबर के छपरा जिला के सिताबदियर से शुरु होखे जा रहल जन चेतना यात्रा में लालकृष्ण आडवाणी रोज 300 किलोमीटर के यात्रा करीहें आ हर दिन कम से कम तीन गो बड़का सभा संबोधित करीहें. एह यात्रा के नीतीश कुमार छपरा के जनसभा का बाद हरियर झंडी देखइहें. आडवाणी के एह ‘जन चेतना यात्रा’ के थीम सांग “अब बस” काल्हु सभका सोझा पेश कइल गइल.
  • औरंगाबाद जिला में अतवार देर रात पुल बनावे में लागल एगो कम्पनी के शिविर पर नक्सली हमला कर दिहले आ कर्मचारियन का साथे मारपीट करके कई गो वाहनन आ मशीनन में आग लगा दिहले सँ.
  • दुरौंधा विधानसभा सीट के उपचुनाव में प्रचार अपना चरम सीमा पर चहुँपल. सुशील मोदी सिसवन आ हसनपुरा में जदयू प्रत्याशी खातिर, त लालू राजद प्रत्याशी आ कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबूब अली कैसर अपना प्रत्याशी खातिर जनसभा कइले.
  • राजद सांसद रहल आ जेल में बन्द मोहम्मद शहाबुद्दीन के एगो सहयोगी, जवन 1998 से फरार रहुवे, के अतवार का दिने दिल्ली में गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • प्रदेश में संविदा पर बहाल दंत चिकित्सकन के नियमित कर लिहल जाई. एह बाति के घोषणा स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे डेंटल एसोसिएशन के कार्यक्रम के उद्घाटन करत कहले.
  • छपरा कचहरी आ गोल्डनगंज स्टेशन का बीच एगो बेपहरा रेल क्रासिंग पार करत चार गो लड़िका काठगोदाम एक्सप्रेस से कटा के मर गइले. मरे वाला लड़िकन के उमिर पन्द्रह साल से अठारह साल के बीच रहल.
  • रोहतास जिला के चेनारी इलाका के टेकारी गाँव के दू गो लड़िका काल्हु से लापता बाड़े सँ. पुलिस मामिला दर्ज कर के तहकीकात में लागल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts