(शुक, 21 अक्टूबर)
- सासाराम में रेलवे ओवरब्रिज का उत्तरवाला छोर पर एगो सड़क दुर्घटना में चार लोग के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन. एकरा बाद लोग जम के तोड़ फोड़ कइल, शहर के कई बाजार बंद हो गइल, सड़क पर जाम लगावल गइल. भइल का कि एगो डम्फर पहिले त मोटरसाइकिल के धक्का मरलसि आ फेर भागे का फेर में सड़क पर खड़ा लोगो के धक्का मारत गइल.
- पटना उच्च न्यायालय में पाँच गो नया न्यायाधीशन के नियुक्ति भइल बा. एह न्यायमूर्तियन के सोमार का दिने शपथ धरावल जाई.
- औरंगाबाद जिला मे् बने जा रहल सुपर थर्मल पावर स्टेशन के निर्माण के काम शुक का दिने शुरू कर दिहल गइल. एह प्रोजेक्ट से राज्य के बिजली संकट कम होई.
- शुक का दिने बिहार के पहिला मुख्यमंत्री डा॰ श्रीकृष्ण सिंह के जयंती मनावल गइल. पटना मुख्य सचिवालय परिसर में भइल समारोह में राज्यपाल आ मुख्यमंत्री मौजूद रहले.
- इंदिरा आवास लागू करे में गड़बड़ करे वाला बहत्तर गो अधिकारियन पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. सबले बेसी पैंतालीस गो केस कैमूर में दर्ज भइल बा.
- हाथीदह-रामपुर डुमरा रेलवे स्टेशन का बीच बियफे का दिने डकैत मौर्य एक्सप्रेस में जमके लूटपाट कइले.
0 Comments