बिहार के बन्द चीनी मिल खोले के तइयारी

बिहार स्टेट सुगर कार्पोरेशन के १५ गो बन्द चीनी मिल में से छहगो चीनी मिल के नीलामी हो चुकल बा आ अब ओह मिलन के नयका खरीददारन के सँउपे के काम शुरु हो गइल बा. मोतीपुर चीनी मिल १२ जनवरी के केन्द्रीय सरकार के कंपनी इण्डियन पोटाश लि॰ के सँउपल जाये वाला बा. लौड़िया आ सुगौली चीनी मिल हिन्दुस्तान पेट्रोलियम खरीदले बा. रैयम आ सकरी चीनी मिल तिरहुत इण्डस्ट्री खरीदले बा. रैयम चीनी मिल में साल भर का भितरे चीनी उत्पादन के काम शुरु होखे वाला बा. सकरी चीनी मिल के अबही दसे फीसदी भुगतान मिलल बा. जब कम से कम चालीस फीसदी भुगतान मिल जाई तब ऊ चीनी मिल खरीददार के दिहल जाई. छहो चीनी मिल के नीलामी से मिलल धन के इस्तेमाल ओह मिल के मजदूरन के बकाया भुगतान करे में इस्तेमाल कइल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..