बिहार के लोग केहु पर बोझ नइखे : नीतीश

मुंबई में हालही मनावल गइल बिहार दिवस समारोह में शामिल होखे आइल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मराठी बोल के सभका के चउँका दिहलन आ एहसे राज ठाकरे क बोलती बंद हो गइल. राज ठाकरे जइसन नेता लोग के हमेशा शिकायत रहल बा कि बिहारी लोग महाराष्ट्र के संस्कृति आ भाषा के सम्मान ना देव. त अपना भाषण में मराठी बोल के नीतीश कुमार एह आरोप के धज्जी उड़ा दिहलन.

अपना भाषण में नीतीश कुमार साफ कहलन कि बिहारी केहू पर बोझ ना रहसु. जहवे जालन तहँवे अपना मेहनत लगन आ प्रतिभा के लोहा मनवा लेलन. नीतीश कुमार बिहारी भाईयन से कहलन कि मराठियन से मिलजुल के रहें आ ओह लोग से दोस्ताना संबंध राखे लोग. शिवसेना उद्धव ठाकरे के सुझाव पर नीतीश कहलन कि महाराष्ट्र के लोग शौक से बिहार आके महाराष्ट्र दिवस मनावें.

बिहार दिवस समारोह के शुरूआत मराठी गाना से भइल आ एह कार्यक्रम में लोग मशहूर सिने स्टार आ भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के गीतन के रसधारा गोता लगावल.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।