बिहार में ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के धूम

NirahuaKeDhoom
भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के पचासवीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के धूम एह घरी सगरी बिहार में मचल बा. पिचला हफ्ता बिहार के पचास गो सिनेमाघरन में ऐतिहासिक ओपनिंग लेत रिलीज भइल एह फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के हर वर्ग के दर्शक बहुते पसंद करत बाड़े. फिलिम के हर सीन आ गाना प दर्शकन के बढ़िया रिस्पान्स मिलत बा.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा० लि० अउर राहुल खान प्रोडक्शन के प्रस्तुति आ निर्माता प्रवेशलाल यादव अउर राहुल खान के एह फिलिम के निर्देशन सतीश जैन कइले बाड़न. एह में निरहुआ के शानदार अभिनय आ एक्शन के दर्शक बहुते पसंद करत बाड़े. एह फिलिम में निरहुआ के नायिका बन के एगो नया तारिका आम्रपाली आइल बाड़ी.

‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ फिलिम वीणा (पटना), पायल (मोतिहारी), आर.डी. (सीतामढ़ी), श्याम (मुजफ्फरपुर), गणेश (हाजीपुर), दरबार (सीवान), जनता (गोपालगंज), दीपम (घोड़ासहन), दुर्गा (सुगौली) समेत दू दर्जन सेंटरन पर शानदार व्यवसाय करत बिया. एकरा प्रमोशन में निरहुआ एह घरी बिहार के दौरा करत बाड़न. दर्शक निरहुआ के क्रेज में ‘हर हर निरहुआ, घर घर निरहुआ’ के नारा लगावत बाड़े. दुसरको हफ्ता में निकहा कलेक्शन बिटोरात बा.

‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के एह सफलता खातिर निरहुआ के ढेरहन शुभकामना!


(प्रशांत-निशांत)

1 Comment

  1. kamlesh yadav mau.mo.9473972381

    Dinesh lal yadav nirhua ke hmra or se bahut 2 shubh kamna ba dinesh ke show badhal rhe ihe hamara bhagwan se dua ba