बिहार में विधायकन के वेतन भत्ता बढ़ावे के माँग
-

प्रदेश के मंत्री आ भाजपा नेता गिरिराज सिंह काल्हु पत्रकारन से बतियावे के दौरान कहलन कि देश के कई राज्यन के विधानसभा आ संसद कें जनप्रतिनिधियन के वेतन भत्ता बढ़ावल गइल बा. बाकिर बिहार में पिछला कई साल से कवनो बढ़ोतरी नइखे भइल. कहलन कि एकर जरुरत बा. गिरिराज सिंह त ना कहलन बाकिर बिहार में विधायक निधि खतम होखला का बाद एह बढ़ोतरी के जरुरत जरुर बढ़ गइल बा. गिरिराज सिंह कहलन कि बिहार का तरह केन्द्रो के सांसद के दिहल जाये वाला निधि खतम कइल जरुरी बा. एह तरह के निधि से जनप्रतिनिधियन पर भ्रष्टाचार के आरोप लागत रहेला. बिहार में एह निधि के खतम होखला से सभही संतुष्ट बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts