बिहार में विधायकन के वेतन भत्ता बढ़ावे के माँग

प्रदेश के मंत्री आ भाजपा नेता गिरिराज सिंह काल्हु पत्रकारन से बतियावे के दौरान कहलन कि देश के कई राज्यन के विधानसभा आ संसद कें जनप्रतिनिधियन के वेतन भत्ता बढ़ावल गइल बा. बाकिर बिहार में पिछला कई साल से कवनो बढ़ोतरी नइखे भइल. कहलन कि एकर जरुरत बा. गिरिराज सिंह त ना कहलन बाकिर बिहार में विधायक निधि खतम होखला का बाद एह बढ़ोतरी के जरुरत जरुर बढ़ गइल बा. गिरिराज सिंह कहलन कि बिहार का तरह केन्द्रो के सांसद के दिहल जाये वाला निधि खतम कइल जरुरी बा. एह तरह के निधि से जनप्रतिनिधियन पर भ्रष्टाचार के आरोप लागत रहेला. बिहार में एह निधि के खतम होखला से सभही संतुष्ट बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।