बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर पूरा

बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर में काल्हु अड़तालीस सीटन खातिर तिरपन फीसदी मतदान का साथे पूरा हो गइल. ई पूरा दौर बिहार के भोजपुरिया इलाका में रहुवे जवना में छपरा, सिवान, गोपालगंज, बेतिया, मोतिहारी में काल्हु वोट डालल गइल. आरा भोजपुर बक्सर भभुआ के मतदान अबही बाकी बा.

काल्हु का मतदान में नक्सलियन का डर से रामनगर, वाल्मीकिनगर, पातेपुर में मतदान के काम साँझ तीन बजे ले पूरा मान लिहल गइल जबकि बाकी तरैया, आ अमनौर में चार बजे ले वोट पड़ल. बाकी जगहा साँझ पाँच बजे ले वोट डालल गइल.

काल्हु का मतदान में पुर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी, मौजूदा मंत्रियन वृषण पटेल, रेणु देवी, रामप्रवेश राय, रामचंद्र सहनी, आ व्यासदेव प्रसाद का साथे पूर्व मंत्रियन जनार्दन सिंह सिगरीवाल, चन्द्रमोहन राय, विजय शंकर दूबे, विश्वमोहन शर्मा आ वीणा शाही के भाग्य के फैसला मतपेटी में बन्द हो गइल.

काल्हु कांग्रेस के पाँव गो नेता के बेगूसराय का एगो होटल से साढ़े छह लाख रुपया का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल. बाद में ओह लोग के निजी मुचलका पर छोड़ दिहल गइल बा.तरैया के निर्दलीय उम्मीदवार मुन्द्रिका राय, अमनौर के निर्दलीय उम्मीदवार अवधेश सिंह, आ बनियापुर में सहाजितपुर के मुखिया उमेश प्रसाद के नगदी का साथे गिरफ्तार कइल गइल बा. ओह लोग पर मतदाता का बीचे रुपिया बाँटे के आरोप बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *