बीहड़ में नचली सीमा सिंह

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन आयटम गर्ल सीमा सिंह के पिछला दिने बीहड़ में एगो आयटम नंबर के शूटिंग करे के पड़ल जवना के दर्शकन में असली डकैतो आ गइल रहलें. बाकिर ऊ सभे बहुत शालीनता से नाच देखले आ तनिको ना लागल कि ई खूंखार डकैत हउवें. ई आयटम नंबर भोजपुरी फिल्म खातिर ना होत रहे बलुक हिन्दी फिल्म “बीहड़” खातिर होत रहे जवना के निर्माण करत बाड़े फिल्म “वुन्डेड” के निर्माता कृष्णा मिश्रा. अब एह आयटम का बाद हिन्दीओ फिलिमन में सीमा के जलवा चमके लागे त कवनो अचरज के बात ना होखी. उनुका दिवाना दर्शकन खातिर ई खुशी के बात बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *