बेतिया में पैक्स अध्यक्ष से आठ लाख के लूट

पश्चिम चंपारण जिला के जगदीशपुर इलाका के जमुनियां गांव का लगे काल्हु बेतिया अरेराज रोड पर कुछ अपराधी पश्चिम सरैया पंचायत के पैक्स: अध्यक्ष अहमद अली से लगभग आठ लाख रूपिया लूट लिहले. अहमद अली पंजाब नेशनल बैक के बेतिया शाखा से रूपिया निकाल के मोटरसाइकिल से अपना घरे आवत रहुवन जब एगो दोसरा मोटरसाइकिल पर सवार दू गो अपराधी उनुका पर लोहा के रॉड से वार कर के गिरा दिहलें. उनुका गिरला का बाद अपराधी रुपिया से भरल थैला छीन के परा गइले.

अहमद अली के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. पुलिस केस दर्ज कर के छानबीन में लागल बिया.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *