बॉलीवुड के बड़की तकनीकी टीमन के जमावड़ा लागल बा ‘बिगुल’ में
-

भोजपुरीओ फिलिमन में अब जम के पइसा खरचल जाए लागल बा आ हिंदी सिनेमा के बड़हन तकनीकी टीमन के लगावल जा रहल बा फिलिम निर्माण में. सलमान खान के फिल्म ‘दबंग’ अउर ‘वांटेड’ समेत अनेके हिट फिलिमन के संगीत निर्देशक साजिद वाजिद साथे जुड़ल आमिर खान अब भोजपुरी फिल्म ‘बिगुल’ में बैक ग्राउण्ड म्यूजिक देत बाड़ें जबकि संगीतकार हउवें नजाकत सुजात जे संगीत जगत के जानल मानल नाम हउवें. नजाकत सुजात संगीतकार ख़य्याम से जुड़ल रहलें जिनकर दिहल फिल्म ‘रजिया सुल्तान’ आ ‘उमराव जान’ के संगीत लोग आजु ले याद करे ला. ‘बिगुल’ के संगीत भोजपुरी सिनेमा में बदलाव के दौर ले आई अइसन बतावल जात बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts