भोजपुरियन पर दिल कुर्बान करे अइली मोहिनी

सिनेमा भोजपुरी के बढत लोकप्रियता से हर प्रदेश के खुबसूरत बाला एने खींचाइल चलल आवत बाड़ी. पाखी हेगड़े, मोनालिसा जइसन खुबसूरत आ अभिनय में पारंगत एह अभिनेत्रियन में एगो नाम अउरी जुड़ गइल बा मिस कोलकाता मोहिनी घोष के जे जल्दिए निर्देशक ब्रजभूषण के फिल्म ‘दिल हो गइल कुर्बान’ में दर्शकन का सोझा अइहें.

लड़िकाइयें से नृत्य क शौक़ीन रहल मोहिनी बतौर बाल कलाकार पाँचे साल का उमिर से बंगला फिलिमन में काम कइल शुरू कर दिहली आ मिस कोलकाता क खिताब जीतला का बाद कई गो धारावाहिकन आ फिलिमन में आपन हुनर देखवले बाड़ी. बंगाली होखला का बाबजूद मोहिनी घोष फर्राटा से भोजपुरी बोलेली,

फिल्म के गीत रिकार्डिंग के काम चलत बा. एकर गीत लिखले बाड़ें विनयबिहारी, राजेश मिश्रा आ बिपिन बिहारी ओझा.


(अपना न्यूज के रपट)

1 Comment

  1. damodarraao

    ‘DIL HO GAIL QURBAAM’ Super Hit…. Music Director : DAMODAR RAAO

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।