भोजपुरिया खान जुबेर खान


हिंदी सिनेमा में खान त्रिमूर्तियन, आमिर खान, शाहरुख़ खान आ सलमान खान, समेत अनेके खान बाड़े बाकिर भोजपुरी में कवनो खान नइखे. एह कमी के पूरा करे आइल बाड़न जुबेर खान. प्रसिद्द निर्देशक असलम शेख आ निर्मात्री बिजल राज़दा के खोज हउवन जुबेर खान जिनका दू गो फिल्मन में जुबेर अभिनय करे जा रहल बाड़न. मैदान में उतरे से पहिले जुबेर पूरा वर्जिश कर के आइल बाड़न. पिछला दू साल से ऊ अभिनय, डांस अउर एक्शन के गुर सीखत रहले हँ. किशोर नामित कपूर का अभिनय स्कूल से ट्रेनिंग ले के अइला का बाद जुबेर ने अपना टफ बॉडी के लचीला बनवलन जेहसे ऊ नीमन डांस कर सकस. मुंबई में पलाइल पोसाइल बाकिर जुबेर के महतारी बनारस के हई आ एह नाते ऊ भोजपुरिये से आपन शुरुआत करे के फैसला कइलन.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *