भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी पूजा सिंह

PoojaSinghहाल ही में बिहार में रिलीज भइल अपना सफल फिलिम ’प्रेम लगन’ से चरचा में आइल अदाकारा पूजा सिंह अब भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी फिलिमन के शूटिंग में बाझल बाड़ी. ’प्रेम लगन’ में उनकर नायक रहलन मशहूर गायक आ नायक अजीत आनंद जिनका साथे पूजा सिंह के जोड़ी दर्शकन के बहुते पसंद आइल.

पूजा सिंह आपन अभिनय कैरियर के शुरूआत शाद कुमार निर्देशित ’त्रिनेत्र’ से कइले रहली आ ओहमें एगो चुलबुल लइकी के उनकर किरदार दर्शकन के दिल जीत लिहले रहुवे. ओह फिलिम में पूजा के नायक रहलन धर्मेश मिश्रा. एकरे अलावे पूजा सिंह निर्देशक रविन्द्र सिंह के फिलिम ’जियातानी तोहरे आस में’ आ ’मितवा जनम जनम के’ क शूटिंग पूरा कर लिहले बाड़ी. मंजुल ठाकुर निर्देशित छत्तीसगढ़ी ’टूरा अनाड़ी तबो खिलाडी’ फिलिमो के शूटिंग खतम हो चुकल बा. पाण्डव सिनेविजन प्रा. लि. के फिलिम ’जय पंडित’ के शूटिंगो पूरा कर लिहले बाड़ी. एह फिलिम के अबही पोस्ट प्रोडक्शन काम चलत बा.


(अपना न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।