भोजपुरी आ मराठी सितारन के टीमन के भिड़न्त

manoj-tiwariझारखण्ड के राजधानी रांची में 24 फरवरी के सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग के नयका सीजन के मैचन में ‘भोजपुरी दबंग’ अउर ‘वीर मराठा’ टीम के भिड़न्त होखी. एह मैच ला दुनु तरफ के टीम के घोषणा कर दिहल गइल बा.

‘भोजपुरी दबंग’ में मनोज तिवारी (कप्तान), दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ (उपकप्तान), रवि किशन, खेसारीलाल यादव, संतोष सिंह, विक्रांत सिंह, प्रवेशलाल यादव, उदय तिवारी, विकास सिंह, आदित्य ओझा, सुशील सिंह, प्रकाश जैस, अयाज खान आ निर्माता अभय सिन्हा रहीहें. मैनेजर बाड़े विकास सिंह‘वीरप्पन’ आ कोच हउवें क्रिकेटर संतोष सिंह.

‘वीर मराठा’ टीम मे रितेश देशमुख (कप्तान), निर्देशक महेश मांजरेकर (उप कप्तान), संजय नार्वेकर, अजीत परब, अंकुश चौधरी, मनजोए बिद्दवी, नूपुर धुदवाडकर, राहुल गोरे, राजेश श्रींगापुरे, सिद्धार्थ जाधव, उपेन्द्र लिमिए, सिद्धांत मूले, राहुल सुगंध, रईस लशकरिया, माधव देवचक्के, विजय केनकरे, मार्कण्ड देशपाण्डे, सिद्धार्थ चंदेकर, अनिकेत विश्वासराव, अउर समीर धर्माधिकारी. टीम के कोच हउवें मोंटी देसाई.

एह मौका पर ‘भोजपुरी दबंग’ के ब्रांड एम्बेस्डर बनल मोनालिसा, पाखी हेगड़े, आ शुभीओ शर्मा रांची में अपना टीम के हौसला बढ़इहें. ‘वीर मराठा’ के हौसला बढ़ावे ला रहीहें अभिनेत्री जेनेलिया डिसूजा.

रितेश देशमुख, जेनेलिया डिसूजा, महेश मांजरेकर आ वीर मराठा टीम पहिला बेर रांची में कवनो सार्वजनिक समारोह में आवत बाड़ें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *