भोजपुरी साहित्यकार गिरिजाशंकर राय के निधन

मशहूर भोजपुरी साहित्यकार गिरिजाशंकर राय गिरिजेश के निधन शनिचर का दिने बनारस में हो गइल जहाँ उनुकर इलाज चलत रहुवे. छिहत्तर साल के गिरिजेश राय लमहर समय से बेमार रहलन आ इलाज खातिर उनुका के गोरखपुर से बनारस भेजल गइल रहुवे. निधन का बाद उनकर अंतिम संस्कार बनारसे का हरिश्चन्द्र घाट पर कर दिहल गइल.


सगरी पाठकन आ भोजपुरी प्रेमी बंधुवन से निहोरा बा कि रउरा लगे अगर गिरिजेश जी के कवनो फोटो, भा उहाँ से जुड़ल कवनो सामग्री होखे त एहिजा जरूर मिल बाँटी.
– संपादक

4 Comments

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    सादर नमन अउर हार्दिक श्रद्धांजलि।। भगवान उहाँ की आत्मा के शांति दें।।

  2. प्रभाकर पाण्डेय

    सादर नमन अउर हार्दिक श्रद्धांजलि।। भगवान उहाँ की आत्मा के शांति दें।

  3. omprakash amritanshu

    बहुत दुखद समाचार बा .ईश्वर उनकर आत्मा के शांति देस .

  4. रामरक्षा मिश्र विमल

    बहुते दुखद समाचार.भोजपुरी साहित्य के कबो ना पूरा होखेवाला नुकसान.
    एह अमर साहित्यसेवी के हमार श्रद्धांजलि !
    विमल

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।