मकान मजदूरन के थकान मेटावे खातिर जहर पिया दिहलसि एगो डाक्टर

बलिया के भीमपुरा इलाका के मालीपुर के नाथपलिया गांव में छत के ढलाई करत मजदूरन के थकान मिटावे खातिर मकान बनवावे वाला होमियोपैथिक डाक्टर कवनो दवाई के घोल पीया दिहलसि. एह घोल के कुछ मजदूर चार चार गिलास पी घलले. बाकिर थोड़ देर बाद एक एक कर के मजदूरन के तबियत खराब होखे लागल. मजदूर मऊ के एगो निजी अस्पताल में इलाज करावे गइलन जहाँ इलाज का दौरान दू गो मजदूरन के मौत हो गइल.

पुलिस मामिला के तहकीकात में लागल बिया बाकिर पता नइखे चलत कि आखिर मजदूरन के पियावल का गइल. एह मामिला में ओह डाक्टर के बाप के हिरासत में ले लिहले बिया पुलिस. डाक्टर लापता हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..