मनोज तिवारी तलाक ले रहल बाड़े

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी पूरा दुनिया के भलही लूभा लेसु बाकिर अपने घर में अपने मेहरी के खूश ना राख पवले. मनोज तिवारी के पत्नी रानी तिवारी के हमेशा मनोज के विवाहेतर संबंध का बारे में अनेसा बनल रहल जवन पिछला बिग बॉस सीजन चार में अउरी गहिरा गइल. बिग बॉस के सीजन चार में मनोज तिवारी आ श्वेता तिवारी दुनु जने शामिल रहले आ दर्शकन के ओह दौरान एह बात के कुछ हवो मिलल रहे. बाद में कुछ दिन ले लागल कि मनोज तिवारी के पारिवारिक कलह खतम हो गइल बा बाकिर ई ढेर दिन ले ना चल पावल आ रानी तिवारी मनोज तिवारी से अलगा रहे लगली. पिछला दिने दुनु जने बांद्रा के पारिवारिक अदालत में नजर आइल रहे जहाँ ऊ लोग अपना तलाक के औपचारिकता पूरा करे आइल रहे. मनोज तिवारी के कहना बा कि ऊ उहे करत बाड़े जवन रानी के इच्छा बा. उनुकर पूरा कोशिश रहे कि परिवार बिखरे मत.
ओने श्वेता तिवारी के अपना पति राजा चौधरी से तलाक हो चुकल बा आ राजा चौधरी के हरकत से आजिज पुलिस उनुका के मुंबई से तड़ीपार करा दिहले बिया.
केहू नइखे जानत कि अब आगे का होखे वाला बा. एहिजा इस्तेमाल कइल फोटो एगो फिल्म के ह.


(स्रोत – समाचार माध्यम)

4 Comments

  1. amritanshuom

    बड़ी दुःख के बात बा .भोजपुरी समाज में अइसन न होखे के चाहीं .
    ओ.पी.अमृतांशु

  2. AMIT RAUT

    jab manoj tiwari ji rs:1 rupaiya me 1git gawatrahle tab ghar pariwar thik rahe.aab karorpati hogail ta ghar pariwar bikhare lagal? isi ka naam hai gindagi…….wah tiwari ji……

  3. Tarun Kumar Karn

    Monoj Bhaya aaph jaisan bada kalakar aaisha kara lagi ta doshar k ka hal hoi.

  4. DINESH CHANDRA GUPTA

    MANOJ JI HAM AAP KE BAHUT BARA FAIN HE THA AB NAHI ”PESHA SAB KHUTHH NAHI HE”

    AAP KA
    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P V B NARAIANPUR
    DIST-BALLIA UP-277213