– ओमप्रकाश अमृतांशु
नेता, अपराधी आ सिपाही के तालमेल के नतीजा हउए बलात्कार. हर घंटा, हर घड़ी, हर राज्य, हर शहर, हर गाँव बलात्कार जइसन घटना से कराह रहल बा. चौकठ के बहरी डेग रखते लइकिन के मन में डर समा जाता. नेता लोगन से पूछीं त केहू के मूंह नइखे खुलत. सभे गूंगी सधले बा. मूंह खुलतो बा त उल्टा-सीधा बेयान के साथे. केहू कहऽता – जनसंख्या के अनुसार अबहीं बलात्कार कम हो रहल बा. केहू ई कहके आपन पीछा छोड़ावता कि – बलात्कार त भगवानो ना रोक सकिहें… . महिला आयोग, महिला सशक्तिकरण, महिला हेल्प लाइन वगैरह-वगैरह सब सरकारी तंत्र नकाम बा.
अइसने बलात्कार पीड़ित बेटी-बहिनन के चीख, पुकार, दरद के आपन आवाज बनवली भोजपुरी गायिका ममता राउत आ ‘अब रोकीं अत्याचार ए माई’ ऑडियो-विडियो के माध्यम से ममता राउत समाज के एगो संदेश देत नजर आवत बाड़ी. जब हम पूछनी कि का खास बा राउर एह अल्बम में, त उनकर जवाब रहे – ‘देखीं अमृतांशु जी, एह अल्बम में समाज में होखत अत्याचार के दरद के गाथा आ गोहार बा. आज जवन तेजी से बलात्कार के घटना घट रहल बा हमनी के भारतीय समाज आ भोजपुरी समाज में बहुते निंदा जोग बा. नारी के रक्षके लोग आज भक्षक बन गइल बा. हर बेटी-बहिनन के आत्मा लहूलूहान हो रहल बा. देश के हर निर्भया के इज्जत रोड पे, त कतहीं पेंड़ पे लटक रहल बा. मानवता दिन पे दिन मर रहल बा. एह अल्बम के माध्यम से हम देवी माई से गोहार लगावतनी कि ए माई अब फेर से अवतार लिहीं. समाज में बढ़ल पाप आ पापी लोगन के संहार करीं. तीन गो गीत में हम समाज के शुभ संदेश देवे के कोशिश कइले बानी.’
अल्बम के निर्माता, निर्देशक आ संगीतकार मुन्ना दुबे बाड़न. गीत मुन्ना दुबे आ निधी देवी के लिखल बा. आवाज ममता राउत आ सुमित दुबे के बा. आशा बा दूर्गा पूजा के अवसर पे एह अल्बम के गीत-संगीत घर-घर में सुनाई दिही. आ अपराध मुक्त समाज बनावे में छोट-मोट भूमिका निभाई.
Nice though
बहुत निमन , करेजा दहलावे वाला गीत बा.
बड़ी बढ़िया अभियान, ममता राउत जी के बहुत-बहुत धन्यवाद.
Aap sabhi ko mera bahut bahut
Dhanyawaad.
जय दूर्गा माई अब लिहीं अवतार, पपियन के करीं संहार.