महूआ टीवी पर शुरु हो रहल बा एगो नया धारावाहिक

महुआ टीवी भोजपुरिये दर्शकन खातिर ना बलुक गैर भोजपुरियनो का बीच आपन लोकप्रियता बढ़वले जात बा. एह पर देखावे जाये वाला रियलिटी शो का साथ साथ धारावहिको दर्शकन का बीच लोकप्रिय बा. अब एही क्रम में सजनवा बैरी हो गइल हमार देखावल जा रहल बा जवन सोमार से बियफे ले रोज शाम साढ़े सात बजे से देखावल जाई.

A serial on Mahuaa TV

आजु का जमाना में हर घर के कहानी बन चुकल एह धारावाहिक में गाँव के पृष्ठभूमि में एगो मास्टर साहब के कहानी देखावल जाई जिनका चार गो बच्चा बाड़न स. मध्यवर्गीय परिवार का तरह अपना परिवार के पालन पोसन करत ऊ जी रहल बाड़े. एगो बेटी के शादी पड़ोसे में भइल बा. ओह बेटी के मिरगी के बीमारी बा जवना के मास्टर साहब शादी का समय छिपा लिहले रहन. एह चलते उनका आ उनका बेटी आरती के ढेरे फझीहत झेले के पड़त बा. अपना पति आ सास के कोप आरती के हरदम झेले के पड़त बा.

मास्टर साहब के बड़का बेटा गोरखपुर में कवनो प्राइवेट कंपनी में काम करत बा आ अपना पत्नी आशा का साथ ओहिजे रहत बा. छोटका बेटा प्रभाकर अपना पत्नी गुलाबो के साथ रहेला. मास्टर जी के छोटकी बेटी के शादी अबही नइखे भइल. मास्टर साहब के मेहरारु अइसन घर परिवार खोजत बाड़ी जवना में लड़िका आ ओकरा महतारियो के व्यवहार निमन होखो. एही चलते एक दू गो बढ़ियो रिश्ता टूट जात बा. धारावाहिक के कहानी मोनिका कका इर्द गिर्द घुमत बा. मोनिका के शादी हो जात बा बाकिर ओकर पति ओकर बैरी बन जात बा. कइसे? इ त धारावाहिक देखले पर पता चली. शो के मुख्य किरदारन में संजीव झा, सुनील सिन्हा, डी के शुक्ला, जया भट्टाचार्य, तज सिंह, लक्ष्मी सिन्हा, रागिनी चौबे, पूर्णिमा, ज्योति, अनिल सिंह, प्रिया पाण्डे आ पूनम नजर अइहे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments