‘माई के बिरवा’ के सगरी गाना रिकार्ड भइल

MaiKeBirwa,jpgहसीन बॉलीवुड इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘माई के बिरवा’ के दसो गाना रिकार्ड कर लिहल गइल बा. संगीतकार हउवें राज सेन आ गीतकार अतीक इलाहाबादी. एह गीतन के गवले बाड़न मो॰ अजीज, विनोद राठौर, कल्पना, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, ममता राउत आ रोहित. निर्माता हसीन ए. सय्यद, निर्देशक कुमार संजय, कहानीकार अतीक इलाहाबादी, कोरियोग्राफर संतोष कुमार आ सह-निर्माता सुनील कुमार अग्रहरि हउवें. सुनील यादव आ एस.एम. अजीज मुख्य भूमिका में बाड़ें. बाकी कलाकारन के चुनल बाकी बा अबही. शूटिंग एही महीना से शुरु होखे वाला बा.

एह फिलिम के कहानी में बतावल गइल बा कि बेटा भलही दुनिया का नजर में निकम्मा, नाकारा होके, बाकिर अपना महतारी का नजर में हमेशा आकाश में चमके वाला सितारा होल. हर महतारी के आस होला कि ओकर बेटा एक दिन दुनिया के सबले बड़का आदमी बनी. बाकिर कइसे ? माई के सपना पूरा होखी कि ना? इहे सब एह फिलिम में देखावल जाई.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..