‘मायके मत जइयो हमरी जान’ प्रदर्शन खातिर तइयार हो गइल

mai-ke-mat-jaioभगवान राम फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘मायके मत जइयो हमरी जान’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

एकर निर्मात्री वि़द्या सिंह आ निर्देशक राजेश सिंह गौर हउवें. एह पारिवारिक फिलिम के कहानी एगो विधवा मॉं तुलसी के बा जे अपना बेटा किशन (राजेश गौर) के आई पी एस आफिसर बनवाल चाहत बिया. बाकिर किशन हर साल आई पी एस परीक्षा में फेल हो जाता त तुलसी ओकरा के वापस बोला लेत बिया. अपना गाँवे आइल किशन अपना साथे अपना गर्लफ्रेंड पूजा के लिअवले आवत बा. ई लड़िकी ओकरा साथही आई पी एस के तइयारी करत रहल.

तुलसी के जब ई सब मालूम होत बा त ऊ अपना गॉव समाज के देखत गॉवे के एगो लड़िकी आरती से किशन के शादी करा देत बिया. कुछ दिन बाद आरती अपना सास से लड़ झगड़ के अपना नइहर चल जात बिया. एकरा बाद का होखत बा, पूजा कहाँ जात बाड़ी, किशन का करत बा वगैरह सवालन के जवाब फिलिम में बहुते मनोरंजक तरीका से परोसल गइल बा.

एह फिलिम में राजेश गौर, जूली सिंह, कोमल ढिल्लन, मेहनाज, चंचलेश, हरेन्द्र सचन, निखलेश, विनोद, मुकेश वर्मा, कांगरेस, मास्टर ओजस्वी सिंह, बेबी प्रतीक्षा सिंह आ आईटम गर्ल सीमा सिंह के मुख्य किरदार बा. संगीतकार लवली शर्मा, पटकथा-संवाद गीत लेखक अखिलेश पांडे, एक्शनमास्टर रामाकांत मिश्रा, संकलन दिलिप दरक आ कैमरा मैन शिवा चौधरी हउवें.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *