मिथिला राज्य बनावे के माँग उठल

अतवार का दिने मधुबनी जिला के झंझारपुर में जनसंघर्ष मोर्चा एगो सभा कर के मिथिला राज्य बनावे आ झंझारपुर के जिला बनावे के माग कइलसि. एह में अंतर्राष्ट्रीय मैथिलि परिषद के अध्यक्ष प्रो॰ कमलाकान्त झा कहलन कि मिथिला का संगे हमेशा से छल होत आइल बा आ जबले मिथिला रा्ज्य नइखे बनत तब ले एह इलाका के न्याय ना मिल पाई. कहलन कि जब सभे जगहा छोट छोट राज्य बनावल गइल बा अबहियों बनावल जात बा त मिथिला रा्ज्य काहे ना बनावल जा सके.

एह बीच फारबिसगंज कालेज के रिटायर्ड अंगरेजी विभागाध्यक्ष डा॰ नित्यानंद लाल दास आ विधान परिषद के सह परियोजना पदाधिकारी मिल के भारत के संविधान के मैथिली में अनुवाद करके छपवा लिहले बाड़न. बतावल जात बा कि कई बरीस से भारत सरकार एह काम खातिर अनुवादक खोजे में लागल बिया बाकिर ओकरा अनुवादक नइखन मिलत. इहो लोग आपन पाँडुलिपि भेजले रहुवे बाकिर सरकारी लालफीताशाही में कवनो फैसला ना होखत देख ई लोग अपने खर्च पर मैथिली में संविधान छपवा लिहल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..