मुम्बई इण्डियन्स का हाथे आइल आईपीएल फाइनल के खिताब
जीत के जोश

काल्हु एगो शानदार मैच खेल के मुम्बई इण्डियन्स के टीम चेन्नई सुपर किंग्स के एक रन से हरा के चउथा बेर आईपीएल खिताब जीते के गौरव हासिल क लिहलसि.

मैच के आखिरी ओवर में चेन्नई टीम के 9 रन चाहत रहुवे जीते खातिर. बाकिर लसिथ मलिंगा अपना एह ओवर में महज सात रन दे के ओकरा के जीत से दूर क दिहलें आ अपना चीम मुम्बई इण्डि.न्स के खिताब दिआ दिहलें. ओकरा पहिले अपना तीन ओवर में मलिंगा 42 रन दिहले रहुवन आ अनेसा रहुवे कि उनका आखिरी ओवरो में अइसने कुछ होखी. बाकिर क्रिकेट आ चुनाव अपना आखिरी पल ले ससपेन्स बनवले राखेला. सलिंगा के आखिरी गेंद पर चेन्नई टीम के दू गो रन बनावे के रहुवे बाकिर मलिंगा के जादूई स्लोवर बॉल यार्कर आपन कमाल देखा दिहलसि.

चेन्नई का ओर से बल्लेबाजी करत शेन वाट्सन 59 गेंद पर 80 रन बना के ओकरा के जीत का कगार पर चहुँपा चुकल रहुवन बाकिर मलिंगा के ओवर झेलत चउथा गेंद पर दुसरका रन दउड़े का फेर में अपना के रन आउट करा दिहलन. कोढ़ में खाज ई बन गइल कि रविन्द्र जडेजा दुसरका छोर पर फँसल रहि गइलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।